Notice: Function _load_textdomain_just_in_time was called incorrectly. Translation loading for the newsmatic domain was triggered too early. This is usually an indicator for some code in the plugin or theme running too early. Translations should be loaded at the init action or later. Please see Debugging in WordPress for more information. (This message was added in version 6.7.0.) in /home/imagequo/domains/shrinaradmedia.com/public_html/wp-includes/functions.php on line 6121
उहाँ के सुनल एगो आनंद करे वाला अनुभूति प्रदान करेला-दिनेश्वर प्रसाद सिंह'दिनेश' - श्रीनारद मीडिया

उहाँ के सुनल एगो आनंद करे वाला अनुभूति प्रदान करेला–दिनेश्वर प्रसाद सिंह’दिनेश’

उहाँ के सुनल एगो आनंद करे वाला अनुभूति प्रदान करेला–दिनेश्वर प्रसाद सिंह’दिनेश’

०१
WhatsApp Image 2023-11-05 at 19.07.46
priyranjan singh
IMG-20250312-WA0002
IMG-20250313-WA0003
previous arrow
next arrow
०१
WhatsApp Image 2023-11-05 at 19.07.46
priyranjan singh
IMG-20250312-WA0002
IMG-20250313-WA0003
previous arrow
next arrow

श्रीनारद मीडिया सेंट्रल डेस्क

एगो बढ़िया आयोजन के साक्षी बनली..अवसर रहे आचार्य डॉ हरेराम त्रिपाठी चेतन अमृत महोत्सव समारोह सह अभिनंदन ग्रंथ लोकार्पण के। सिंहभूम जिला हिन्दी साहित्य सम्मेलन तुलसी भवन के मुख्य सभागार में 7 मार्च,2022 के साँझी के 5:00 बजे से भोजपुरी,हिन्दी आ संस्कृत के ख्यातिप्राप्त कवि,लेखक,प्रखर वक्ता आ साहित्य चिंतक आदरणीय आचार्य डॉ हरेराम त्रिपाठी’चेतन’ जी के 80वां वर्षगाँठ के अवसर पर अमृत महोत्सव के भव्य आयोजन का साथे आचार्य जी पर आधारित आचार्य हरेराम त्रिपाठी’चेतन’:इंद्रधनुषी काव्य व्यक्तित्व अभिनंदन ग्रन्थ लोकार्पण के आयोजन कइल गइल।

एह आयोजन के अध्यक्षता करत रही शहर के वरिष्ठ कवि आ साहित्यकार आदरणीय श्री दिनेश्वर प्रसाद सिंह’दिनेश’ आ ओहिजे एकर सफल संचालन करत रहीं शिक्षा आ साहित्य से जुड़ल आदरणीया श्रीमती त्रिपुरा झा। आयोजन के मुख्य अथिति के रूप में श्री रामजन्म मिश्र(उपकुलपति विक्रमशिला हिन्दी विद्यापीठ, भागलपुर) उपस्थित रही ओहिजे विशिष्ट अतिथि के रूप में मुजफ्फरपुर से आइल श्री ब्रजभूषण मिश्र, पटना से श्री भगवती प्रसाद द्विवेदी,आरा से श्री जितेंद्र कुमार उपस्थित रहनी। सर्वप्रथम अथितियन के मंच पर बोलावल गइल आ पुष्पगुच्छ देके स्वागत कइल गइल। एकरा बाद अतिथियन द्वारा दिप प्रज्वलित कर के आ माई सरस्वती के तस्वीर पर फूल चढ़ा के आयोजन के विधिवत उदघाट्न भइल।

श्वस्ति वाचन अभिषेक मिश्रा द्वारा कइल गइल। आचार्य डॉ हरेराम त्रिपाठी’चेतन’ जी द्वारा रचित सरस्वती वंदना के प्रस्तुति देवे खातिर बोलावल गइल श्रीमती माधवी उपाध्याय आ श्रीमती वीणा पाण्डेय भारती के जे सभागार में बइठल लोगन के सरस्वती वंदना के प्रस्तुति से मंत्रमुग्ध कर देलस लोग। एकरा बाद तुलसी भवन के महासचिव श्री प्रसेनजित तिवारी द्वारा उपस्थित अतिथियन आ सभागार में उपस्थित लोगन के अपना उदगार से स्वागत आ अभिनदंन कइनी।

अब जवना घड़ी के इंतजार रहे उ नजदीक आइल बारी रहे आचार्य जी पर केंद्रित अभिनंदन ग्रन्थ के लोकार्पण के जवन मंच से उपस्थित अथितियन द्वारा विधिवत कइल गइल,पूरा सभागार ताली के आवाज से गूंज उठल। एकरा बाद ‘जोहार भोजपुरिया’ नामक किताब के भी लोकार्पण भइल जेकर संपादक बानी आचार्य डॉ हरेराम त्रिपाठी जी।
विधिवत लोकार्पण के बाद बारी रहे आयोजन के केन्द्र बिन्दु आदरणीय आचार्य डॉ हरेराम त्रिपाठी’चेतन’ जी के सम्मान आ अभिनंदन के। जमशेदपुर के विभिन्न संस्थान द्वारा आचार्य जी के स्मृति चिन्ह,पुष्पगुच्छ देके आ शॉल ओढ़ा के सम्मानित कइल गइल,नगर अभिनंदन कइल गइल। एह अभिनंदन समारोह के साक्षी सभागार में उपस्थित प्रत्येक व्यक्ति रहे। अभिनंदन पत्र के पाठ श्री केशव मोहन पाण्डेय आ श्रीमती रागिनी भूषण द्वारा कइल गइल जवन आचार्य जी के समर्पित रहे।

शहर के कवि यमुना तिवारी व्यथित द्वारा आपन उदगार स्वरूप आचार्य जी के व्यक्तित्व आ परिवार से आधारित कविता के प्रस्तुति भइल आ उ कविता आचार्य जी के समर्पित कइल गइल। अध्यक्षता करत आदरणीय श्री दिनेश्वर प्रसाद सिंह दिनेश द्वारा मुख्य अतिथि आ विशिष्ट अथितियन के शॉल ओढ़ाके, पुष्पगुच्छ आ स्मृति चिन्ह देके मंच से सम्मानित कइल गइल। जवना में दिल्ली से आइल सर्वभाषा ट्रस्ट के श्री केशव मोहन पाण्डेय आ राँची से शामिल भइल श्री कनक किशोर भी रही।
आगे बारी रहे विशिष्ट अतिथियन द्वारा आचार्य डॉ हरेराम त्रिपाठी’चेतन’ जी के व्यक्तित्व व कृतित्व पर प्रकाश डाले के। विशिष्ट अतिथि श्री जितेंद्र कुमार,श्री भगवती प्रसाद द्विवेदी आ श्री ब्रजभूषण मिश्र द्वारा आचार्य जी के विशाल काव्य-रचना आ उनका व्यक्तित्व पर विस्तार पूर्वक आपन उदगार व्यक्त कइल गइल। मुख्य अथिति श्री रामजन्म मिश्र द्वारा संक्षेप में उहाँ के व्यक्तित्व आ कृतित्व पर प्रकाश डालल गइल।

अब हमनी के जेकरा के सुने खातिर व्याकुल रही जा उ रहले समारोह के केन्द्र बिन्दु रहल आचार्य डॉ हरेराम त्रिपाठी जी के,जब उहाँ के बोले के शुरू कइनी पूरा सभागार शांत रहे आ लोग गौर से उहाँ के सुनत रहे।उहाँ के सुनल एगो आनंद करे वाला अनुभूति प्रदान करत रहे आ खूब प्रेरणादायक विचार रहे।

अब बारी रहे आयोजन के अध्यक्षता करत अध्यक्षीय भाषण के।अध्यक्ष श्री दिनेश्वर प्रसाद सिंह दिनेश द्वारा संक्षेप में आपन भावपूर्ण उदगार व्यक्त कइल गइल। अब जइसन की आयोजन के समाप्ति पर धन्यवाद ज्ञापन कइल जाला ओकरा खातिर मंच पर बोलावल गइल श्री कनक किशोर के जे आयोजन के सफल बनावे खातिर आयोजन समिति आ उपस्थित अतिथियन के आभार व्यक्त कइनी आ सफल आयोजन खातिर धन्यवाद ज्ञापित कइनी।
समारोह के समापन देश के राष्ट्रगान के सामूहिक प्रस्तुति से भइल।

आभार–राजेश भोजपुरिया

Leave a Reply

error: Content is protected !!