माई भाखा खातिर सारण भोजपुरिया समाज के स्थापना भइल—–बिमलेन्दु भूषण पाण्डेय

माई भाखा खातिर सारण भोजपुरिया समाज के स्थापना भइल—–बिमलेन्दु भूषण पाण्डेय

०१
WhatsApp Image 2023-11-05 at 19.07.46
priyranjan singh
IMG-20250312-WA0002
IMG-20250313-WA0003
previous arrow
next arrow
०१
WhatsApp Image 2023-11-05 at 19.07.46
priyranjan singh
IMG-20250312-WA0002
IMG-20250313-WA0003
previous arrow
next arrow

श्रीनारद मीडिया सेंट्रल डेस्क

सारण भोजपुरिया समाज के स्थापना आज से ठीक तीन वर्ष पहिले भइल रहे। एह समाज के स्थापना के कुछ अलग उद्देश्य रहे। जवना में भोजपुरी साहित्य में लोक परम्परा के जीवंत राखल, भोजपुरी साहित्य में कुकुरमुता नियन जनमल अश्लीलता के जड़ से मिटावल आ जे भी पूरनका भोजपुरी साहित्य सेवी भी रहलन वो सभ केहू के पहचान कइल, उहाँ लोग के मान -सम्मान दिहल आ संगे संगे उहाँ सभन के एकहक़ गो प्रतिभा भी स्थापित कइल।

कुछ कुछ काम के क्रियान्वयन त बखूबी हो रहल बा आ कुछ काम के सुरुवात भी जल्दिये हो जाई। एह पिछल्का तीन वरिस में इ समाज एगो अति पारदर्शी भोजपुरी आँगन के निर्माण में लागल बा जवना में अनेक भोजपुरी विद्या वाला फूल खिलल शुरू हो गइल बा आ एकर खुशबु भी महके के मिल रहल बा।

युवा रचनाकार भी आपन कीमती समय देके अपना पुरखा पूरनिया के जीवंत बना रहल बारन संगे संगे पूरनका रचियता विद्वत जन भी युवा पीढ़ी पर आपन सब कुछ लुटा के ओकरा के सही दशा दिशा दे रहल बारन। अतने ना, जतना भी भोजपुरीया मंच बा, सभकर स्नेह प्यार आ दुलार हमेशा एह परिवार के मिलत आ रहल बा। अतना दिन जल्दी बीत जाई, पता भी ना चलल, इहे सभकर प्यार ह आ दुलार ह। असही प्यार दुलार आ सहयोग मिलत रहो!

सभका के ह्रदय के कोर में बिठा के आभार प्रकट करत बानी। समाज के सभी सवांग के सहयोग के हार्दिक आभार बा ! आगे भी असही सहयोग के अपेक्षा बा ताकि इ समाज आपन उदेश्य के पूरा कर सके।
जय भोजपुरी।

आभार-बिमलेन्दु भूषण पाण्डेय,संस्थापक,(सारण भोजपुरिया समाज)

Leave a Reply

error: Content is protected !!