Notice: Function _load_textdomain_just_in_time was called incorrectly. Translation loading for the newsmatic domain was triggered too early. This is usually an indicator for some code in the plugin or theme running too early. Translations should be loaded at the init action or later. Please see Debugging in WordPress for more information. (This message was added in version 6.7.0.) in /home/imagequo/domains/shrinaradmedia.com/public_html/wp-includes/functions.php on line 6121
कॉपी जांचे वाला मास्टर कॉपी पर लिख दिहलें कि "विद्यार्थी मास्टर ले बढ़िया बा ।" - श्रीनारद मीडिया

कॉपी जांचे वाला मास्टर कॉपी पर लिख दिहलें कि “विद्यार्थी मास्टर ले बढ़िया बा ।”

कॉपी जांचे वाला मास्टर कॉपी पर लिख दिहलें कि “विद्यार्थी मास्टर ले बढ़िया बा ।”

०१
WhatsApp Image 2023-11-05 at 19.07.46
priyranjan singh
IMG-20250312-WA0002
IMG-20250313-WA0003
previous arrow
next arrow
०१
WhatsApp Image 2023-11-05 at 19.07.46
priyranjan singh
IMG-20250312-WA0002
IMG-20250313-WA0003
previous arrow
next arrow

देशरत्‍न डा0  राजेन्‍द्र प्रसाद की जयंती पर विशेष

आलेख – संजय सिंह, पंजवार

श्रीनारद मीडिया, सीवान (बिहार):

स्कूल में राजेंद्र बाबू पर पाठ रहे । ओकर एगो बात मानस पटल से हमेशा खातिर चिपक गइल – कॉपी जांचे वाला मास्टर कॉपी पर लिख दिहलें कि “विद्यार्थी मास्टर ले बढ़िया बा ।”

राजेन्द्र बाबू के लेके मन में कल्पना के पुल बने लागल रहे – उहाँ के अक्षर बढ़िया बनत होई ! लइकाईं में कंडा के कलम से खूब लिखले होखब ! अक्षर आ वाक्य एकदम शुद्ध लिखत होखब ! एक हाली पढला के बाद कंठस्थ क जात होखब ! 18 घंटा पढ़त होखब !!

बड़ – बुजुर्ग लो के कथा में चूना वाला प्रसंग बार- बार आवे । वकालत के फाइनल परीक्षा …राजेन्द्र बाबू परीक्षा कक्ष में आधा घंटा लेट …..प्रश्न पत्र देखके चुनौटी निकलनी….. चूना ना रहे …देवाल से चूना ओदार के खैनी बनल …..खैनी दाब के कलम उठवनी… वकालत में पूरा बंगाल में टॉप कइनी । बाद में पता चलल कि खैनी खायेवाला लोग ए कहानी के क्रिएट कइले बा ।

राष्ट्रपति भवन में “नमो नारायण होखे” वाला प्रसंग जगत-प्रसिद्ध बा । अपना खिसियाईल सेवक के अपना हाथे खियावे वाला राष्ट्रपति के कल्पना करीं । अपना सेवक के अपना बेड पर सुतल देख के रात भर जागेवाला राष्ट्रपति के कल्पना करीं । खाली ए खातिर कि ओकर नींद ना टूट जाव ।

राजेन्द्र बाबू के विद्वता एक तरफ राखीं । भारत में गांधी के बाद अइसन बहुत कम नायक मिलिहें जे लोक समाज आ विद्वत समाज में समान रूप से लोकप्रिय रहल बा । कथा -कहानी, मिथक बना के हर आदमी जेकरा से खुद के जोड़े के कोशिश करत होखे ।

इहाँ के जयंती हमनी खातिर खास होला । पंजवार….सिवान….. आखर…..जुटान उत्सव…..संकल्प………

एहु साल आयोजन स्थगित बा । सरकार के गाइडलाइन के पालन कइल हमनी के धर्म बा । दुआ कइल जाव कि दुनिया से ए महामारी के संकट खतम होखे । दूनो डोज टीका सभे ले लेव । सतर्क रहीं …सचेत रहीं ।

यह भी पढ़े

सीवान के लाल वरिष्‍ठ पुलिस अधिकारी हरिनारायणचारी मिश्रा के जन्‍मदिन पर विशेष  

भूमि विवाद में हुई मारपीट के बाद पुलिस ने दिखायी सक्रियता,13 नामजदों को भेजा गया जेल

एकमा के 18 पंचायतों में 13 नये और पांच पुराने मुखिया हुए निर्वाचित

एकमा में जिला परिषद के तीन सीटों पर  इंदु देवी, अनिल कुमार सिंह , रामवती सिंह हुई विजयी, किसकों कितना मिला मत पढ़े खबर

एकमा प्रखंड के किस पंचायत में कौन बना मुखिया, किसकों कितना मिला मत पढ़े खबर

Leave a Reply

error: Content is protected !!