भोजपुरी के पहिला उपन्यासकार रामनाथ पांडेय जी के नमन. 

भोजपुरी के पहिला उपन्यासकार रामनाथ पांडेय जी के नमन. 

०१
WhatsApp Image 2023-11-05 at 19.07.46
PETS Holi 2024
previous arrow
next arrow
०१
WhatsApp Image 2023-11-05 at 19.07.46
PETS Holi 2024
previous arrow
next arrow

श्रीनारद मीडिया सेंट्रल डेस्क

जयंती प विशेष

जनमतिथि : 8 जून 1924
पुण्यतिथि : 16 जून 2006

आखर परिवार, भोजपुरी के पहिला उपन्यासकार आ भोजपुरी भाषा-साहित्य खातिर आपन सबकुछ नेछावर करे वाला महान भोजपुरिया रामनाथ पाण्डेय जी के जयंती प बेर बेर नमन क रहल बा ।

पता : नवतन , एकमा / रतनपूरा , छपरा , बिहार

शिक्षा : स्नातक

लेखन : शुरुवाती समय में हिंदी में लेखन बाद में मातृभाषा भोजपुरी खातिर समर्पण

हिंदी :

उपन्यास : वह वेश्या थी , फूल झड़ गया भौंरा रो पड़ा , नई जिन्दगी नया जमाना ( कुल्ह 12 गो उपन्यास )

हिन्दी में तीन गो कविता संग्रह भी प्रकाशित भइल बा ।

भोजपुरी :

उपन्यास – बिंदिया , जिनगी के राह , महेन्दर मिसीर , इमरीतिया काकी , आधे-आध

[ बिंदिया , भोजपुरी के पहिला उपन्यास ह जवन 1956 में प्रकाशित भइल रहे । एह उपन्यास के बड़ाई हिंदी भोजपुरी आ तीस से उपर भाषा के जानकार राहुल सांकृत्यायन जी कइले रहनी ]

कहानी संग्रह : सतवंती , देस के पुकार पर , अन्हरिया छपिटात रहे

भोजपुरी के पत्रिका के सम्पादन , सह-सम्पादन कइनी , भोजपुरी के पहिला बाल-पत्रिका ‘ नवनिहाल ‘ के सम्पादन आ प्रकासन के श्रेय रामनाथ पांडेय जी के जाला ।

रामनाथ पांडे जी , भोजपुरी भाषा आ साहित्य में ना खाली अपना लेखन से बलुक सम्पादन आ प्रकाशन के माध्यम से कई दसक ले अदभुत काम क के गइल बानी । खास क के , भोजपुरी में पहिला उपन्यास , भोजपुरी में पहिला बाल-पत्रिका , भोजपुरी में पहिला समीक्षा-पत्रिका ‘ कसउटी ‘ के प्रकाशन आ राहुल सांकृत्यायन के बाद महिला सशक्तिकरण प पुरजोर गहिराह लेखन के काम कइले बानी ।
भारतीय जनता पार्टी के कला एवँ साहित्य निर्माण मंच से जुड़ल रहनी आ सारण जिला के अध्यक्ष रहनी , सारण जिला भोजपुरी साहित्य सम्मेलन के अध्यक्ष रहनी । अनेकन पुरस्कार से सम्मानित रामनाथ पांडेय जी निरंतर भोजपुरी भाषा आ साहित्य के सेवा में लागल रहनी ।

आज रामनाथ पांडेय जी के जयंती ह , आखर परिवार अपना महान साहित्यकार आ भोजपुरिया गौरव के बेर-बेर नमन करत बानी आ हमनी के पुरा विश्वास बा कि वर्तमान पीढी आ आवे वाली पीढी इँहा के लेखनी से निकलल साहित्यिक धार में अपना के भींजा के राखी ।

भोजपुरी किताबिन के सबसे बड़ डिजिटल ठेहा ‘ भोजपुरी साहित्यांगन ‘ प पढी / डाउनलोड करी रामनाथ पांडेय जी के लिखल 6 गो किताब ।

1- बिंदिया : भोजपुरी के पहिला उपन्यास
http://bhojpurisahityangan.com/..
2- आधे – आध : भोजपुरी उपन्यास
http://bhojpurisahityangan.com/…
3- इमरितिया काकी : भोजपुरी उपन्यास
http://bhojpurisahityangan.com/…
4- अन्हरिया छपिटात रहे : भोजपुरी कहानी-संग्रह
http://bhojpurisahityangan.com/…
5- देस के पुकार पर : भोजपुरी कहानी-संग्रह
http://bhojpurisahityangan.com/…
6- सतवन्ती : भोजपुरी कहानी संग्रह
http://bhojpurisahityangan.com/…

अपना महान साहित्यकार के आखर परिवार बेर बेर नमन क रहल बा ।

आभार-विमलेन्दु कुमार पाण्डेय

ये भी पढ़े….

 

Leave a Reply

error: Content is protected !!