भोजपुरी लोकगायिका चंदन तिवारी की मां रेखा तिवारी का निधन

भोजपुरी लोकगायिका चंदन तिवारी की मां रेखा तिवारी का निधन

०१
WhatsApp Image 2023-11-05 at 19.07.46
PETS Holi 2024
previous arrow
next arrow
०१
WhatsApp Image 2023-11-05 at 19.07.46
PETS Holi 2024
previous arrow
next arrow

आखर की सक्रिय सदस्‍य थी रेखा तिवारी

आखर परिवार ने किया शोक व्‍यक्‍त

भोजपुरी लोक गीत के लिए अपूर्णीय क्षति

आलेख –  नवीन भोजपुरिया

नारद मीडिया, सेंट्रल डेस्‍क/

 

भोजपुरी लोकगीत गायिका रेखा तिवारी

जब केहू आपन जाला !

रेखा चाची , भोजपुरी लोकगीतन के गूगल सर्च जइसन रहली ह । जहाँ विद्वान लोग विधा के हिसाब से कुछ गीतन के व्याख्या करत रहल ह ओजुगे एक एक विधा प चाची के लगे बीसन से बेसी गीत रहत रहल ह । आखर वर्चुअल महोत्सव में चाची से बात होत रहे , आखर खातिर चाची कुछ थाती तइयार करत रहली जवना में गारी गीत, परिछावन गीत के संकलन रहे । तकरीबन डेढ महीना पहिले हमरा से बात रहे , ओह घरी कोरोना भी ना रहे, आ एहि गीतन के संकलन प काम करे के योजना रहे । ई-बुक भी ले आवे के रहे , एगो अ चुकल रहे ।

बाकिर उहे बा, जतना रउवा चाहब जतना रउवा सोचब ओतना ना कबो होला ना कबो मिलेला । चाची के गइला से हमार आपन जवन निजि क्षति भइल बा उ त बड़ले बा बाकिर भोजपुरी लोक के जवन नुकसान भइल बा हमरा नइखे लागत कि दुर दुर तक ओह नुकसान के भरपाई करे वाला केहू बा ।

अपनी मां के साथ भोजपुरी लोक गायिका चंदन तिवारी

सैकड़न गीतन के हजारन बेर से बेसी हाली आवाज देबे वाली रेखा चाची , ओह समाज में संघर्ष क के आगे बढल बाड़ी जवना समाज में बेटी पतोहि के घर के चौकठ के बहरी डेग डाले के मनाही रहल । रेखा चाही, ना खाली खुद बलुक अपना बेटी चंदन तिवारी के गुरु बन के भोजपुरी के सुप्रसिद्ध लोकगायिका बनवली ।

भोजपुरी लोकसंगीत जगत के रेखा चाची के ओर से मिलल एह थाती, चाची के अजर अमर क देले बा । कोरोना हमनी से रेखा चाची के छिन लेहलस बाकिर चाची अपना गीतन अपना आवाज से हमनी के दिल में हर भोजपुरिया आ आवे वाला भोजपुरियन के दिल में आदि अनंत तकले बनल रहिहें ।

रेखा चाची , राउर चेहरा राउर बेटा-बेटा कहे वाला उ चेहरा बहुत याद आ रहल बा | राउर इ बेटा रउवा के बेर बेर नमन क रहल बा ।

श्रद्धांजलि !

 

यह भी पढ़े

भारत में कोरोना ने मचाया कोहराम, 24 घंटे में करीब 3 लाख नए मामले, 2 हजार से अधिक की मौत

Raghunathpur: शहरी क्षेत्र के लिए बिजली विभाग ने नए फीडर को किया चालू

श्याम देहाती के निधन पर फूट-फूट कर रोए खेसारी, बोले अपने भाई को नहीं बचा पाया

 उत्तर प्रदेश में वीकेंड लॉकडाउन, शुक्रवार रात से सोमवार सुबह तक रहेगी बंदी

Leave a Reply

error: Content is protected !!