अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन के प्रवर समिति व राष्ट्रीय कार्यकारिणी की संयुक्त बैठक राँची में हुई

अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन के प्रवर समिति व राष्ट्रीय कार्यकारिणी की संयुक्त बैठक राँची में हुई

श्रीनारद मीडिया सेंट्रल डेस्क

1001467106
1001467106
previous arrow
next arrow
1001467106
1001467106
previous arrow
next arrow

झारखंड में राँची  नानकुम के अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन के प्रवर समिति आ राष्ट्रीय कार्यकारिणी के संयुक्त बइठक प्रवर समिति के सम्मानित सदस्य आचार्य हरेराम त्रिपाठी चेतन जी के अध्यक्षता आ महामंत्री प्रो. जयकान्त सिंह ‘ जय ‘ के संचालन में सम्पन्न भइल। एकरा में अगिला अधिवेशन खातिर बिहार आ झारखंड के ओर से दूगो मौखिक नेवता मिलल।

जवना पर पन्द्रह फरवरी, २०२५ के बाद निर्णय लिहल जाई। एह अवसर पर चेतन जी के पुस्तक ‘ कस्तुरी गंध ‘ कनक किशोर जी के पत्रिका ‘ जोहार भोजपुरी माटी : किसान अंक ‘ आ भोजपुरी सम्मेलन पत्रिका के नवका दू अंकन के लोकार्पण भइल। छत्तीसगढ़, झारखंड आ बिहार के कई गो भोजपुरी प्रेमी सम्मेलन के विशिष्ट आजीवन सदस्य, आजीवन सदस्य, वार्षिक सदस्य आ पत्रिका के आजीवन आ वार्षिक सदस्य बनलें।

पत्रिका के रामेश्वर सिंह काश्यप आ डा. जितराम पाठक विशेषांक के अलावे पहिले से सम्मेलन पत्रिका में अबतक छपल आलोचनात्मक आ शोधपरक आलेखन के संकलित अंक आदि निकाले पर विचार भइल। एकरा अलावे भोजपुरी शिक्षा, अकादमी के वर्तमान व्यवस्था , पटना में भोजपुरी भवन आदि के दिसाईं कई गो प्रस्ताव पारित भइल।

बइठक वीणा पाण्डेय जी के मंगलाचरण, कनक किशोर जी के स्वागत भाषण आ अंकूश्री जी के धन्यवाद ज्ञापन के बीच डॉ. महामाया प्रसाद विनोद जी ( कार्यकारी अध्यक्ष ), प्रसेनजीत तिवारी जी ( सदस्य, प्रवर समिति ), अजय ओझा जी ( उपाध्यक्ष ), जितेन्द्र कुमार जी ( कोषाध्यक्ष ), दिलीप कुमार जी (कार्यालय मंत्री ), उदय नारायण सिंह जी ( कला संस्कृति ), शिवानुग्रह नारायण सिंह जी ( मीडिया ), माधवी पाण्डेय जी, अरविन्द श्रीवास्तव जी, विनोद कुमार सिन्हा जी आदि के उद्बोधन – सम्बोधन से बइठक में कई गो विचारणीय प्रस्ताव पारित हो सकल।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

error: Content is protected !!