Breaking

भोजपुरी के भागीरथ, सुप्रसिद्ध साहित्यकार पाण्डेय कपिल जी के जयंती पर बेर बेर नमन बा!

भोजपुरी के भागीरथ, सुप्रसिद्ध साहित्यकार पाण्डेय कपिल जी के जयंती पर बेर बेर नमन बा!

०१
WhatsApp Image 2023-11-05 at 19.07.46
PETS Holi 2024
previous arrow
next arrow
०१
WhatsApp Image 2023-11-05 at 19.07.46
PETS Holi 2024
previous arrow
next arrow

श्रीनारद मीडिया सेंट्रल डेस्क

भोजपुरी के भागीरथ, सुप्रसिद्ध साहित्यकार, समर्थवान संपादक , निष्ठावान भोजपुरिया , महान हस्ताक्षर पाण्डेय कपिल जी के जयंती प आखर परिवार बेर बेर नमन क रहल बा ।

संछेप में परिचय -साहित्यिक नाव : पाण्डेय कपिल,पुरा नाव : पाण्डेय कपिलदेव नारायण सिन्हा,घर के नाव : बच्चा पाण्डेय

शिक्षा : एम. ए ( हिन्दी )शिक्षा संस्थान : काशी हिन्दू विश्वविद्यालय , पटना विश्वविद्यालय , बिहार विश्वविद्यालय

नोकरी : राजभाषा उपनिदेशक,जन्मस्थान : शीतलपुर , पो. शीतलपुर बाजार , वाया – बरेजा , सारन , बिहार

घर-परिवार :

बाबूजी : श्री पाण्डेय जगन्नाथ प्रसाद सिंह ( हिन्दी आ भोजपुरी के कथाकार , निबंध-लेखक , गजलकार )

माई : श्रीमती लालचुन्नी देवी – कुशल शिल्पी

दादा : श्री दामोदर सहाय सिंह ‘ कविकिंकर’ – दिवेदी युग के प्रख्यात कवि-लेखक,परदादा : श्री शिवशंकर सहाय – प्रसिद्ध संगीतज्ञ

छोट भाई : पी चंद्रविनोद , पाण्डेय सुरेंद्र – दुनो लोग सुप्रसिद्ध मुर्तिशिल्पी , मुर्तिकला के प्राध्यापक , भोजपुरी हिन्दी के सुप्रसिद्ध कथाकार-कवि लेखक

प्रकाशित ग्रंथ ( मौलिक ) :

आभास ( हिंदी कविता संग्रह ) ,
फूल और कलियाँ ( बालोपयोगी हिंदी कविता संग्रह ) ,
हीरे के टुक‌डे ( बालोपयोगी हिंदी कविता संग्रह ) ,
हवा और पानी ( बालोपयोगी हिन्दी कविता संग्रह ) ,
नवीन सुबोध व्याकरण ( हिंदी व्याकरण ) ,
भोर हो गइल ( भोजपुरी कविता संग्रह ) ,
फुलसुंघी ( भोजपुरी उपन्यास ) ,
कह ना सकलीं ( भोजपुरी गजल संग्रह ) ,
जीभ बेचारी का कही ( भोजपुरी दोहा संग्रह ) ,
परिन्दा उड़ान पर ( भोजपुरी गजल संग्रह ) ,
दुनिया के शतरंज बिछल बा ( कविता संग्रह )

प्रकाशित ग्रंथ ( अनूदित ) :
आरा में दो मास ( जान जेम्स हाल्स लिखित ‘ दू मंथ्स इन आरा इन 1857 ‘ के हिंदी अनुवाद )

प्रकाशित ग्रंथ ( सम्पादित ) :

नवांजलि ( नौ गो युवा कवियन के हिंदी कविता संग्रह )
सारण्यक ( सारन जिला के बारह वयोवृद्ध कवियन के हिंदी कविता के प्रतिनिधि संकलन )
आचार्य महेंद्र शास्त्री : कृतित्व एवँ व्यक्तित्व ( आचार्य महेंद्र शास्त्री के कृतित्व आ व्यक्तित्व पर विविध लेखकन के 92 गो लेख के , आउर महेंद्र शास्त्री जी के हिन्दी आ भोजपुरी के 175 कवितन के संग्रह )
दसरतन ( विविध लेखकन के लिखल दस गो व्यक्तिपरक निबंध के संग्रह )
योग रामायण ( योगी आत्माराम के लिखल योग-विवेचन )
एक मुठ्ठी लाई ( लघुकथा -संकलन )
भोजपुरी कहानी हाल साल के ( कहानी संकलन )
भोजपुरी सतसई ( दोहा संकलन )
धार के खिलाफ ( भोजपुरी गीत संकलन )
प्रकाशित पत्रिका / स्मारिका ( सम्पादित ) :
हिंदी साप्ताहिक ‘ हुंकार’ के सहायक
हिन्दी साप्ताहिक ‘ उत्तर बिहार ‘ में स्तम्भ लेखन
हिन्दी व्यंग्य पत्रिका ‘ चाणक्य’ के सम्पादक मण्डल में
भोजपुरी त्रैमासिक ‘ उरेह’
भोजपुरी त्रैमासिक ‘ लोग ‘
स्मारिका , दसवाँ अधिवेसन , अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन
भोजपुरी सम्मेलन पत्रिका , अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन

पाण्डेय कपिल जी के लिखल आ संपादित कइल 11 गो किताबिन के भोजपुरी साहित्यांगन के नीचे दिहल लिंक प पढल जा सकेला –

https://bhojpurisahityangan.com/wp-content/uploads/2019/08/Bhojpuri-Sammelan-Patrika-_-Pandey-Kapil-Smriti-Ank.pdf

भोजपुरी साहित्य सम्मेलन के ओर से पाण्डेय कपिल जी प ‘ स्मृति विशेषांक ‘ पत्रिका आइल रहे , एह पत्रिका के भोजपुरी साहित्यांगन के एह लिंक पढल जा सकेला –

https://bhojpurisahityangan.com/category/writer/pandeykapil/

पुरस्कार :

भोजपुरी अकादमी पुरस्कार , अभय आनंद पुरस्कार, माधव सिंह पुरस्कार

पाण्डेय कपिल जी के भोजपुरी भाषा आ साहित्य में योगदान जुग जुग ले याद कइल जाई, जब ले भोजपुरी भाषा रही तबले पाण्डेय कपिल जी के नाव रही इहां के भोजपुरी खातिर योगदान के नाव रही ।

भोजपुरी भाषा आ साहित्य के महानायक के बेर बेर नमन क रहल बा !

Leave a Reply

error: Content is protected !!